काशी के बेटी-महतारी के चमकी भाग्य! अरविंद लिमिटेड के नया प्लांट से हजारन लोगन के मिली रोजगार वाराणसी एयर शो पर प्रशासन कड़क! मोटरबोट प’ सवार होके डीआईजी साब कइलें घाटन के सुरक्षा का मुआयना दीपावली से पहिले भदोही में भइल बड़ा कांड! पुलिस के छापा में धइल गइल अढ़ाई हजार किलो से बेसी पटाखा भईल बरामद, बाप-बेटवा गिरफ्तार दीवाली से पहले मौत के सौदागरों पर रेड: 500 किलो अवैध पटाखों के साथ दबोचा गया आरोपी हाईवे पर पकड़ा गया ‘तेल माफिया’ का बड़ा रैकेट! फर्जी बिल्टी के सहारे दौड़ रहा था 25,000 लीटर डीजल भरा टैंकर, चालक गिरफ्तार जेवर एयरपोर्ट के नाम पर गरमाई राजनीति! ‘मोदी नहीं, किसान मसीहा चौधरी चरण सिंह के नाम पर हो एयरपोर्ट’ — अशोक विश्वकर्मा

काशी के बेटी-महतारी के चमकी भाग्य! अरविंद लिमिटेड के नया प्लांट से हजारन लोगन के मिली रोजगार

पीएम मोदी के हाथे खुलल पूर्वांचल के सबसे बड़का गारमेंट हब, ₹250 करोड़ के कमाई के उम्मीद।

​वाराणसी: बाबा विश्वनाथ के नगरी काशी अब खाली भजन-कीर्तन नइखे करत, अब त इहाँ उद्योग के बड़का भोंपू भी बाजे लागल बा! प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज वाराणसी में देश के नामी-गिरामी अरविंद लिमिटेड (Arvind Limited) के एकदम हाई-टेक गारमेंट मैन्युफैक्चरिंग यूनिट के फीता काट के उद्घाटन कइले।

​ए खास मौका पर यूपी के राज्यपाल आनंदीबेन पटेल आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ समेत उद्योग जगत के कई गो बड़का सुरमा मौजूद रहलें। करीब 150 करोड़ रुपिया के लागत से तैयार ई कारखाना उत्तर प्रदेश में अरविंद ग्रुप के पहिला विनिर्माण इकाई (Manufacturing Unit) हवे, जे पूर्वांचल के विकास के नया रफ़्तार देवे वाला बा।

​ए खबरिया के 5 गो सबसे बड़का ‘धमाका’ Points…
​भारी-भरकम रोकड़ा: ₹150 करोड़ के लागत से तैयार भइल बा ई भव्य प्लांट।

​बंपर रोजगार: 1,000 से जादा स्थानीय लोगन के सीधे रोजी-रोटी मिली, जेमे हमार लईकिन आ महतारी लोगन के सबसे बड़का भागेदारी होई।

​कमाई के धांसू प्लान: ए प्लांट से हर साल करीब ₹250 करोड़ तक के कमाई (राजस्व) के अनुमान बा।

​5.5 एकड़ में पसरल साम्राज्य: 65,000 वर्ग फुट में बनल ई कारखाना एकदम लेटेस्ट आ ऑटोमैटिक मशीनरी से लैस बा।

​रहे के भी व्यवस्था: कामगार लोगन के रहे खातिर कंपनी खुद ‘श्रमिक हॉस्टल’ के तगड़ा इंतजाम कइले बिया।

​अब यूरोप आ ब्रिटेन में बजिही काशी के डंका…
​उद्घाटन समारोह में लालभाई समूह के चेयरमैन संजय लालभाई, वाइस चेयरमैन पुनीत लालभाई आ कुलिन लालभाई खुद पीएम मोदी के स्वागत कइले। पीएम मोदी पूरा प्लांट घूम-घूम के आधुनिक मशीन आ कपड़ा सिलाई के automatic तकनीक के देखलें आ तारीफ कइले।

​अरविंद ग्रुप के वाइस चेयरमैन बतवलें कि अब काशी में बने वाला ई कपड़ा खाली भारत में ना, बल्कि विदेशन (यूरोप आ ब्रिटेन) में भी तहलका मचाई।

​पूर्वांचल के लईका-लईकिन के अब बाहर ना जाए के पड़ी…
​ए प्लांट के खुले से सबसे बड़का फायदा ई होई कि हमार स्थानीय युवा आ लईकिन के अब काम के तलाश में मुंबई, दिल्ली या सूरत ना भागे के पड़ी। घर के लगे ही बढ़िया नौकरी आ ट्रेनिंग मिली। साथ ही साथ वाराणसी के आसपास के ट्रांसपोर्ट, पैकेजिंग आ छोटे-मोटे व्यापारी लोगन के धंधा भी रॉकेट नियर उड़ी।

​कुल मिला के, अब उत्तर प्रदेश खाली धार्मिक पर्यटन ना, बल्कि कपड़ा उद्योग के भी सबसे बड़का हब बने खातिर पूरी तरह से तैयार बा।

Leave a Comment

और पढ़ें