आजमगढ़: जिला के गंभीरपुर थाना क्षेत्र में कानून के धज्जियां उड़ावे वाला अपराधीन पर खाकी के हंटर जोरदार ढंग से चलल बा। थाना गंभीरपुर पुलिस आ गोकशी के धंधा में शामिल बदमाशन के बीच भइल सनसनीखेज मुठभेड़ में पुलिस के जवाबी कार्रवाई के दौरान एगो शातिर गोतस्कर के गोड़ में गोली लाग गइल, जबकि ओकर सगा भाई भी पुलिस के हत्थे चढ़ गइल। एह तगड़ा कार्रवाई से इलाका के अपराधीन में हड़कंप मच गइल बा।
का ह पूरा मामला???
मिलल जानकारी के मुताबिक, गंभीरपुर थानाध्यक्ष अमित कुमार त्रिपाठी अपना पुलिस टीम के साथ इलाका में संदिग्ध वाहनन के चेकिंग आ गोहत्या नियर आपराधिक घटनाइन पर लगाम लगावे खातिर गश्त करत रहस। एही बीच मुखबिर से खास खबर मिलल कि ग्राम सरसेना खालसा के कुछ शातिर लोग प्रतिबंधित पशु के वध क के ओकर मांस अउरी अवशेष के मोटरसाइकिल से कतहु ले जात बा।
खबर मिलत ही पुलिस टीम चौकस हो गइल आ खराटी से आवक मोड़ के लगे घेराबंदी क देलस। अपना के घिरत देख के मोटरसाइकिल सवार दुगो बदमाश भागने के कोशिश कइलें आ पकड़ाये के डर से पुलिस टीम पर जान से मारे के नियत से धड़ाधड़ फायरिंग शुरू क देलें।
पुलिस के जवाबी कार्रवाई में लागल गोली…
बदमाशियन के जानलेवा हमला के जवाब में पुलिस ओतने तगड़ा मोर्चा संभालते आत्मरक्षार्थ जवाबी फायरिंग कइलस। एह मुठभेड़ में एगो बदमाश, जेकर पहिचान जमील पुत्र स्व. मोबिन के रूप में भइल बा, ओकर बायाँ गोड़ में गोली लाग गइल आ ऊ ओहिजा जमीं पर गिर पड़ल। पुलिस मुस्तैदी देखवत घायल जमील आ ओकर सगा भाई सलमान दुनु जने के ध दबोचलस। घायल बदमाश के इलाज खातिर तुरंत पीएचसी मुहम्मदपुर भेजल गइल बा।
का-का बरामद भइल???
पकड़ाइल अपराधीन के पास से पुलिस के निम्नलिखित सामान मिलल बा।
10 किलोग्राम प्रतिबंधित मांस अउरी पशु के अवशेष।
एगो लोहे के चापड़।
एगो मोटरसाईकिल।
एगो अवैध तमंचा (.315 बोर)
02 गो खोखा कारतूस आ 01 गो मिस कारतूस।
पुलिस के शुरुआती पूछताछ में ई खुलासा भइल बा कि ई सब शातिर अपराधी आसपास घूमे वाला छुट्टा प्रतिबंधित पशुअन के पकड़ के सुनसान जगह पर ले जा के वध करत रहस आ मांस के छोट-छोट टुकड़ा में बेचत रहस। एह धंधा से मिलल पइसा से ई लोग अवैध हथियार किन के रखत रहस ताकि केउ विरोध करे त ओकरा के डरा के भगा सकव।
पुराना आपराधिक इतिहास…
पुलिस रिकार्ड के मुताबिक, पकड़ाइल आरोपी सलमान के पुराना आपराधिक इतिहास रहल बा, जवना पर पहिले से गंभीरपुर थाना में गोवध निवारण अधिनियम आ गैंगस्टर एक्ट के तहत मुकदमा दर्ज बा।फिलहाल पुलिस नया मुकदमा दर्ज क के बाकी साथी लोग के तलाश तेज क देले बा।








