मिर्जापुर: खाकी के धमक से जिला में नशा के कारोबार करे वाला लोगन के नींद उड़ गइल बा। मिर्जापुर पुलिस के तगड़ा एक्शन देखिला के मिलल बा, जहवां थाना कोतवाली कटरा पुलिस टीम अंतर्राष्ट्रीय कीमत लगभग 30 लाख रुपया के नाजायज हेरोइन के साथ तीन गो शातिर अभियुक्त (दु गो लड़का आ एक गो लड़की) के रंगे हाथ धर लेले बा। ई लोग हेरोइन के छोट-छोट पुड़िया बना के शहर में खपावत रह सन।
कइसे भइल खुलासा आ गिरफ्तारी???
एसपी अपर्णा रजत कौशिक के सख्त निर्देश पर पुलिस अपराध आ अपराधियों के खिलाफ लगातार अभियान चलवले बा। एही कड़ी में 27 अक्टूबर 2026 के थाना कोतवाली कटरा पुलिस टीम नटवीर चौराहा से नटवां कब्रिस्तान जाए वाला मार्ग पर संदिग्ध लोगन के चेकिंग करत रहत तहीया ई सफलता हाथ लागल। पुलिस टीम तीनो जन के धर दबोचल आ इनके पास से कुल 152 ग्राम हेरोइन, छोटका इलेक्ट्रानिक तराजू, 78 गो खाली पन्नी आ तस्करी में इस्तेमाल होखे वाला तीन गो दुपहिया वाहन (दू गो स्कूटी आ एक गो मोटरसाइकिल) बरामद कइल गइल।
गिरफ्तार अभियुक्त आ अभियुक्तियन के विवरण…
सौरभ मिश्रा उर्फ पुष्कर (उम्र करीब 25 साल) – निवासी देवरी आमघाट, थाना को0देहात, मिर्जापुर (आपराधिक इतिहास: थाना पड़री में एनडीपीएस एक्ट के मुकदमा दर्ज बा)।
सैफ अली (उम्र करीब 31 साल) – निवासी बर्जी मुकुंदपुर, थाना पड़री, मिर्जापुर।
पूजा तिवारी (उम्र करीब 28 साल) – निवासी लोहंदी रोड, थाना को0देहात, मिर्जापुर। (एनडीपीएस एक्ट के तहत पहिले से कई गो मुकदमा थाना कोतवाली शहर, चुनार आ को0देहात में दर्ज बा)।
का बा पूरा मामला???
पुलिस के पूछताछ में पकड़ाएल आरोपी लोग कुबूल कइल कि ई लोग हेरोइन मंगा के ओकर छोट-छोट पुड़िया बनावत रह सन आ स्कूटी-मोटरसाइकिल से घूम-घूम के आसपास के इलाका में बेचत रह सन, जवना से तगड़ा कमाई होत रहे।
फिलहाल पुलिस थाना कोतवाली कटरा में मु0अ0सं0-328/2026 धारा 8/21 एनडीपीएस एक्ट के तहत मुकदमा दर्ज करके तीनो आरोपी लोगन के जेल भेज देले बा। साथही, तस्करी में इस्तेमाल भइल तीनो गाड़ी के एमवी एक्ट के तहत सीज कर दिहल गइल बा। पुलिस टीम के एह बेहतरीन काम खातिर इलाका में हुंकार भरत वाहवाही होत बा।








