चन्दौली: बंगाल के खाड़ी से उठत चक्रवाती आंधी-तूफान के खतरा के देखत जिला प्रशासन एकदम से भौकाल टाइट क दिहले बा! डीएम चंद्र मोहन गर्ग साफ-साफ कह दिहले बाड़न कि कवनो किसिम के कोताही ना चले के चाहीं। लोगन के सुरक्षा खातिर कलेक्ट्रेट में बनल आपदा कंट्रोल रूम के 24 घंटा (सातो दिन) चालू क दिहल गइल बा, ताकि कवनो किसिम के अनहोनी से निपटल जा सके।
डीएम साहब के सीधा निर्देश…
तूफान के आहट के देखत सिंचाई, बिजली, मेडिकल टीम, पुलिस आ नगर निकाय के अधिकारी लोगन के पैनी नजर रखे के निर्देश दिहल गइल बा। राहत आ बचाव वाला सारा साजो-सामान एकदम तैयार रखे के हुकुम बा, ताकि जेतना जल्दी हो सके, मदद पहुंच सके।
ई नंबर नोट कर लीं, संकट के बेरा तुरंत करीं फोन…
प्रशासन के तर्फ से साफ अपील बा कि अगर चक्रवात के चलते तेज हवा बहे, पानी भरे, कवनो दुर्घटना होखे त तुरंत जिला कंट्रोल रूम के ई नंबरन पर फोन घुमा दीं।
टोल-फ्री नंबर: 1077
दूसरा नंबर: 05412-262100 (या जरूरी टेलीफोन लाइन)
कंट्रोल रूम में फोन जातहीं फौरन एक्शन लीहल जाई आ टीम माैका पर पहुंच जाई।
डीएम चंद्र मोहन गर्ग के जनता से हाथ जोड़ के अपील…
”भैया-बहिनी लोग, मौसम खराब बा, एहसे बिना काम के घर से बाहर निकरीं मत! सोशल मीडिया पर कवनो किसिम के झूठी अफवाह आ भ्रम फैलावे वाला मैसेज पर बिल्कुल ध्यान मत दीं। जिला प्रशासन चप्पा-चप्पा पर नजर रखले बा, रउआ लोगन के सुरक्षा खातिर हमनी के पूरा ताकत लगा दिहले बानी जा।








