चन्दौली: जिला के अलीनगर थाना पुलिस तहलका मचा दिहले बा! रात में गश्त आ चेकिंग के दौरान पुलिस टीम मानसनगर कालोनी स्थित इण्डेन गैस गोदाम के लगे खड़खड़ाहट के आवाज सुनलस त फौरन मौका पर पहुंच गईल। उहाँ देखल त माथा ठनक गइल—एगो चोर आराम से गोदाम के दीवार में सेंध काट के गैस सिलेंडर चुरावत रहे। पुलिस टीम फुर्ती देखावत ओकरा के मौकािए पर दबोच लिहलस।
पकड़ाइल चोर से जब कड़ाई से पूछताछ भइल त ओकरा निशानदेही पर पुलिस बाकी तीन गो अउरी साथी के धर दबोचसल। पुलिस कुल 30 गो चोरी के इण्डेन गैस सिलेंडर, घटना में इस्तेमाल भइल टाटा मैजिक गाड़ी (UP65MT3612), एगो लोहे के पेचकस, 6,400 रुपया नगद आ मोबाइल फोन बरामद कईले बा।
ई चारो शातिर धराइल बाड़न…
रोहित खरवार (पुत्र राजेन्द्र खरवार, निवासी- गांधीनगर सैदूपुर, चकिया, चन्दौली)
मोहित खरवार (पुत्र राजेन्द्र खरवार, निवासी- गांधीनगर सैदूपुर, चकिया, चन्दौली)
रतन गौड (पुत्र दूधनाथ, निवासी- लठिया सिकारगंज, चकिया, चन्दौली)
सुधीर सिंह (पुत्र द्वारिका सिंह, निवासी- पटनवा, मुगलसराय, चन्दौली) — इहाँहिया से 11 सिलेंडर आ मैजिक गाड़ी बरामद भइल बा।
मामला दर्ज कर कानूनी कार्रवाई में जुटल पुलिस…
पुलिस इहाँ थाना अलीनगर पर मु.अ.सं. 664/2026, धारा 317(2) बीएनएस के तहत मुकदमा दर्ज करके चारो अभियुक्तन के जेल भेजे के तैयारी में जुट गईल बा। एह सफल कार्रवाई के पीछे थाना प्रभारी गगन राज सिंह आ ओकर पूरा पुलिस टीम के तगड़ा योगदान रहल बा, जवना से इलाका में चोरन के बीच हड़कंप मचले बा।








