अरे बाप रे! गोदाम काट के चुरावत रहलन 30 गो सिलेंडर, गैस गोदाम में सेंधमारी करत धरा गइल चोर चक्रवाती तूफान के खतरा पर चन्दौली में हाई अलर्ट! डीएम साहब के सख्त फरमान- बर्दाश्त ना होई कउनो लापरवाही 30 लाख के हेरोइन के साथ खाकी के जाल में फंसल तस्करन के तिकड़ी! दू गो बाबू आ एक मैडम गिरफ्तार, पुड़िया बना के बेचत रह सन सभे पुलिस से लोहा लेब त इहे गति होई! गोकशी में शामिल शातिर बदमाश के एनकाउंटर, सगा भाई भी गिरफ्तार पिकअप और स्विफ्ट कार के अंदर गुप्त खानों में छिपाकर रखा गया था 37 किलो से ज्यादा गांजा, तीन आरोपी सलाखों के पीछे काशी के बेटी-महतारी के चमकी भाग्य! अरविंद लिमिटेड के नया प्लांट से हजारन लोगन के मिली रोजगार

चक्रवाती तूफान के खतरा पर चन्दौली में हाई अलर्ट! डीएम साहब के सख्त फरमान- बर्दाश्त ना होई कउनो लापरवाही

चन्दौली: बंगाल के खाड़ी से उठत चक्रवाती आंधी-तूफान के खतरा के देखत जिला प्रशासन एकदम से भौकाल टाइट क दिहले बा! डीएम चंद्र मोहन गर्ग साफ-साफ कह दिहले बाड़न कि कवनो किसिम के कोताही ना चले के चाहीं। लोगन के सुरक्षा खातिर कलेक्ट्रेट में बनल आपदा कंट्रोल रूम के 24 घंटा (सातो दिन) चालू क दिहल गइल बा, ताकि कवनो किसिम के अनहोनी से निपटल जा सके।

​डीएम साहब के सीधा निर्देश…
​तूफान के आहट के देखत सिंचाई, बिजली, मेडिकल टीम, पुलिस आ नगर निकाय के अधिकारी लोगन के पैनी नजर रखे के निर्देश दिहल गइल बा। राहत आ बचाव वाला सारा साजो-सामान एकदम तैयार रखे के हुकुम बा, ताकि जेतना जल्दी हो सके, मदद पहुंच सके।

​ई नंबर नोट कर लीं, संकट के बेरा तुरंत करीं फोन…
​प्रशासन के तर्फ से साफ अपील बा कि अगर चक्रवात के चलते तेज हवा बहे, पानी भरे, कवनो दुर्घटना होखे त तुरंत जिला कंट्रोल रूम के ई नंबरन पर फोन घुमा दीं।

​टोल-फ्री नंबर: 1077
​दूसरा नंबर: 05412-262100 (या जरूरी टेलीफोन लाइन)

​कंट्रोल रूम में फोन जातहीं फौरन एक्शन लीहल जाई आ टीम माैका पर पहुंच जाई।

​डीएम चंद्र मोहन गर्ग के जनता से हाथ जोड़ के अपील…
​”भैया-बहिनी लोग, मौसम खराब बा, एहसे बिना काम के घर से बाहर निकरीं मत! सोशल मीडिया पर कवनो किसिम के झूठी अफवाह आ भ्रम फैलावे वाला मैसेज पर बिल्कुल ध्यान मत दीं। जिला प्रशासन चप्पा-चप्पा पर नजर रखले बा, रउआ लोगन के सुरक्षा खातिर हमनी के पूरा ताकत लगा दिहले बानी जा।

 

Leave a Comment

और पढ़ें